Content-Length: 89612 | pFad | https://bh.wikipedia.org/wiki/%E0%A4%9C%E0%A5%89%E0%A4%97%E0%A4%BF%E0%A4%82%E0%A4%97

जॉगिंग - विकिपीडिया Jump to content

जॉगिंग

विकिपीडिया से
जॉगिंग करत एगो औरत

जॉगिंग (Jogging) धीरे-धीरे दउरल होला जेकर मकसद शरीर के कसरत होखे ला। ई तेजी से दउरे से अलग होला काहें कि एकरा से शरीर पर जोर ना परे ला आ अदमी इत्मीनान से दुलकिया चाल से चले से थोरिके तेज दउरे ला। एगो परिभाषा के मोताबिक 6 मील प्रति घंटा (10 किमी/घंटा) से धीरे दउरल जॉगिंग कहाला।

शब्द अंग्रेजी भाषा के हवे, हालाँकि, एकर मूल उतपत्ती के बारे में मालुम ना बा।

आमतौर पर सबेरे भा साँझ बेरा जॉगिंग कइल जाला आ ई कुछ सभसे चलनसार कसरत सभ में से एक बा। तेज धावक लोग मुख्य दौड़ से पहिले वार्म-अप खाती भा दौड़ के बाद समापन के बाद शरीर के आराम देवे खातिर भी जॉगिंग करे ला।









ApplySandwichStrip

pFad - (p)hone/(F)rame/(a)nonymizer/(d)eclutterfier!      Saves Data!


--- a PPN by Garber Painting Akron. With Image Size Reduction included!

Fetched URL: https://bh.wikipedia.org/wiki/%E0%A4%9C%E0%A5%89%E0%A4%97%E0%A4%BF%E0%A4%82%E0%A4%97

Alternative Proxies:

Alternative Proxy

pFad Proxy

pFad v3 Proxy

pFad v4 Proxy