Jump to content

2017 उड़ी हमला

विकिपीडिया से
2016 उड़ी हमला
जम्मू कश्मीर में इंसरजेंसी के हिस्सा
लोकेशनउड़ी, बारामुला जिला, जम्मू काश्मीर, भारत
तारीख18 सितंबर 2016
5.30 बजे सुबेरे (आइ॰ऍस॰टी॰)
हमला प्रकार
आतंकवाद, ब्यापक गोलीबारी
हथियारसभएके-47 राइफल, ग्रेनेड
मौत20 सैनिक (17 के हमला में मौत आ 3 गंभीर रूप से घायल होखे के बाद) आ 4 हमलावर[1]
गैर-जानलेवा चोट
20[2][3]
प्लानर4 हमलावर
संदिग्ध प्लानर
जैश-ए-मोहम्मद (कथित रूप से)
सामना करे वालाभारतीय सेना

2016 उड़ी हमला भारतीय राज्य जम्मू काश्मीर में बारामुला जिला के उड़ी के नजदीक, 18 सितंबर 2016 के, इस्लामी हमलावर सभ द्वारा कइल एक ठो आतंकी हमला रहल। एह हमला के, भारत के रक्षा बल पर पिछला दू दसक के सभसे घातक हमला के रूप में पहिचानल गइल।[1]

18 सितंबर 2016 के सबेरे 05.30 बजे, चार गो हमलावर भारतीय सेना के ब्रिगेड मुख्यालय पर, जे लाइन ऑफ कंट्रोल के लगे, उड़ी के पास मौजूद रहल, घात लगा के हमला कई दिहलें। बतावल गइल कि ऊ लोग 3 मिनट के अंदर-अंदर 17 गो ग्रेनेड फेंकले जेवना से सैनिक लोग के कैम्प में लागल टेंट में आगि लाग गइल आ 13-14 जवान झुलस के मर गइल लोग। एकरा बाद गोलीबारी सुरू भइल जे अगिला छह घंटा चलल आ चारो हमलावर मारल गइलें आ 30 जवान घायल भइल लोग।[3][4][5][6] जिन्दा बचल हमलावर सभ के खोज में कॉम्बिंग ऑपेरशन जारी रहल।[1]

ज्यादातर मारल गइल जवान 10 डोगरा6 बिहार रेजिमेंट से रहलें[6]

प्रतिक्रिया

[संपादन करीं]

परधान मंत्री नरेंद्र मोदी आ कैबिनेट के मंत्री लोग हमला के जोरदार निंदा कइल आ आपातकालीन बैठक बोलावल जेह में आगे के कार्यबाही के बारे में चर्चा कइल गइल।[1]

अन्य देस सभ

[संपादन करीं]
  •  फ़्रांस - फ्रांसीसी बिदेश मामिला आ इंटरनेशनल डेवलपमेंट के मंत्रालय आ बयान जारी कइल आ हमला के निंदा कइलस आ काश्मीर के बिबाद के शांतिपूर्ण तरीका से समाधान के आवाहन कइलस। "फ़्रांस सबसे मजबूततम शब्दन में भारत के काश्मीर क्षेत्र में सेना के कैम्प पर भइल 18 सितंबर के हमला के निंदा करत बाटे। 17 गो मारल गइल भारतीय सैनिक लोग के परिवार के प्रति शोकसंबेदना ब्यक्त करत बाटे। आतंकबाद के साथ संघर्ष में फ्रांस भारत के साथ खड़ा बाटे। फ्रांस हर देस के गोहरावत बाटे कि अपने क्षेत्र में सक्रिय या अपना क्षेत्र से दुसरा देश पर हमला करे वाला आतंकबादी समूह सभ के खिलाफ परभावशाली ढंग से लड़े। फ्रांस आपन वचनबद्धता दोहरावत बा कि काश्मीर क्षेत्र में समस्या के समाधान शांतिपूर्ण आ संरचनात्मक ढंग से होखे के चाहीं। "[7]
  •  यूएई - यूएई के बिदेस मंत्रालय एक ठो बयान जारी कइल, "हर तरह के आतंकवाद आ एकरे हर तरह के प्रकटीकरण के खिलाफ राष्ट्र के मजबूत स्टैंड के दोहरावत, आ भारत गणराज्य के साथ मजबूती से खड़ा बानी जा, आ आतंकबाद से लड़े आ एकरा के मेटावे खातिर उठावल जाए वाला हर कदम के हमनी के समर्थन बाटे।"[8]
  •  यूनाइटेड किंगडम – बिदेस सचिव बोरिस जॉनसन हमला के निंदा कइलेन, "भारतीय शासित काश्मीर में भइल आज सबेरे के आतंकी हमला के यूके निंदा करत बाटे। पीड़ित लोग आ उनुके परिवार आ मित्र लोग के प्रति हमनी के आपन गंभीरतम सम्बेदना ब्यक्त करत बानी। यूके हर तरह के आतंकवाद के निन्दा करत बा, आ आतंकबाद से लड़े आ (एह हमला के) तैयारी करे वाला लोग के सजा दियवावे में भारत के साथे कंधा-से-कंधा मिला के खड़ा बाटे।"[9]
  •  यूनाइटेड स्टेट्स – स्टेट्स डिपार्टमेंट के प्रवक्ता जॉन किर्बाई कहलें, "भारतीय सेना के कश्मीर में अड्डा पर 18 सितंबर के आतंकी हमला के यूनाइटेड स्टेट्स कठोर निंदा करत बा। पीड़ित लोग आ उनुके परिवार के प्रति हमनी के शोक संबेदना भेजत बानी। यूनाइटेड स्टेट्स आतंकबाद से निपटे में भारत सरकार के साथे आपन मजबूत पार्टनरशिप के प्रति वचनबद्ध बाटे।"[10]

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. 1.0 1.1 1.2 1.3 "Militants attack Indian army base in Kashmir 'killing 17'". BBC News. 18 September 2016. Retrieved 18 September 2016.
  2. Uri terror attack: List of jawans who died fighting terrorists, The Indian Express, 18 September 2016.
  3. 3.0 3.1 "Tents set on fire, troops shot while coming out". दि हिंदू. 18 September 2016. Retrieved 18 September 2016.
  4. Uri attack: An inside story of how it happened, India Today, 18 September 2016.
  5. Sequence of the Uri attack & the plan of the terrorists, The Economic Times, 19 September 2016.
  6. 6.0 6.1 Uri Attack: Most of the 17 Soldiers Died in a Tent Fire, The Quint, 19 September 2016.
  7. "Inde - Attaque terroriste (18 septembre 2016) (fr)". France - Diplomacy. 18 September 2016. Retrieved 18 September 2016.
  8. "UAE condemns terrorist attack against Indian military base in Kashmir". Emirates News Agency. 18 September 2016. Retrieved 18 September 2016.
  9. "FCO Press Release: Foreign Secretary condemns attack in Indian-administered Kashmir". Gov.uk. 18 September 2016. Retrieved 18 September 2016.
  10. "Indian Army Brigade Headquarters in Uri". U.S. Department of State. 18 September 2016. Retrieved 18 September 2016.
pFad - Phonifier reborn

Pfad - The Proxy pFad of © 2024 Garber Painting. All rights reserved.

Note: This service is not intended for secure transactions such as banking, social media, email, or purchasing. Use at your own risk. We assume no liability whatsoever for broken pages.


Alternative Proxies:

Alternative Proxy

pFad Proxy

pFad v3 Proxy

pFad v4 Proxy