Jump to content

अस्पताल

विकिपीडिया से
बिल्डिंग आ हरियर लॉन
एम्स अस्पताल, दिल्ली

अस्पताल (अंग्रेजी: hospital) सेहत के देखभाल आ बेमारी के इलाज करे वाला संस्था होला जहाँ बिसेसग्य डाक्टर, ट्रेनिंग प्राप्त नर्सिंग आ इलाज के बिबिध उपकरण सभ के सुबिधा मौजूद होले। अस्पतालन के सभसे प्रचलित रूप जनरल अस्पताल होलें जहाँ बिबिध रोग खाती ओपीडी (OPD) आ तत्काल इलाज उपलब्ध करावे खाती इमरजेंसी वार्ड नियर सुबिधा होले। अन्य प्रचलित अस्पतालन में जिला अस्पताल होलें जे एक तरह के जनरले अस्पताल होलें।

बिसेस अस्पतालन में ट्रौमा सेंटर, टीबी अस्पताल, रिहेबिलिटेशन सेंटर वगैरह आवे लें, जिनहन के खास सीमित मकसद आ बिसेसग्यता होला। आमतौर प अस्पताल के साथे कुछ अउरी सपोर्टिंग ब्यवस्था भी होला जइसे कि फार्मेसी, पैथोलॉजी, रेडियोलॉजी वगैरह।

ज्यादातर अस्पताल पब्लिक सेक्टर में होलें, जिनहन के फंडिंग सरकार करे ले। एकरे अलावा प्राइवेट संस्था के रूप में भी अस्पताल आ नर्सिंग होम के चलन बहुत बा। आमतौर पर मेडिकल कालेज सभ के साथ भी अस्पताल जुड़ल होला आ एह तरीका से पढ़ाई आ इलाज दुनों काम होला।

pFad - Phonifier reborn

Pfad - The Proxy pFad of © 2024 Garber Painting. All rights reserved.

Note: This service is not intended for secure transactions such as banking, social media, email, or purchasing. Use at your own risk. We assume no liability whatsoever for broken pages.


Alternative Proxies:

Alternative Proxy

pFad Proxy

pFad v3 Proxy

pFad v4 Proxy