Jump to content

मार्च

विकिपीडिया से
1 2
3 4 5 6 7 8 9
10 11 12 13 14 15 16
17 18 19 20 21 22 23
24 25 26 27 28 29 30
31  

मार्च ग्रेगरियन कैलेंडर आ जूलियन कैलेंडर दुनों में तिसरा महीना ह। ई महीना 31 दिन के होला आ साल के अइसन दुसरा महीना हवे। एकरा पहिले फरवरी आ एकरे बाद अप्रैल के महीना पड़े लें। उत्तरी गोलार्ध में मार्च के महीना से बसंत के सुरुआत होला जबकि खगोलीय तरीका से 20 या 21 मार्च के बसंत बिसुव (दिन-रात बराबर) पड़े ला आ खगोलीय बसंत के सुरुआत होला। दक्खिनी गोलार्ध में ई पतझड़ के सुरुआत होला।

भारतीय हिसाब से मार्च के महीना में फागुन-चइत के महीना ओभरलैप करे लें आ शिवरातिहोली नियर तिहुआर अक्सरह मार्च के महीना में पड़े लें काहें से कि इनहन के हिंदू पतरा अनुसार पड़े वाला तिथी के आधार पर मनावल जाला।

डैफोडिल के पीयर फूल
डैफोडिल के मार्च के चीन्हा मानल जाला

पुराना जमाना में, रोमन कैलेंडर आ अउरी यूरोपीय कैलेंडर सभ में मार्च के महीना साल पहिला महीना होखे जब एकरे साथे बसंत के सुरुआत होखे। एकर नाँव ओही जमाना के मरीचस भा मारिटस के बदल चुकल रूप हवे आ एकर ई नाँव यूनानी कथा के देवता मार्स के नाँव पर रखल गइल हवे। मार्स के जुद्ध के देवता मानल जाला आ खेती किसानी आ रक्षा करे वाला देवता के रूप में भी। उत्तरी गोलार्ध आ खासकर यूरोप में जाड़ा के बाद खेती किसानी आ जुद्ध के सुरुआत के इहे सीजन रहे।

अउरी नाँव

[संपादन करीं]

फिनलैंड के भाषा में मार्च के मालिस्कू (maaliskuu) कहल जाला, एह के उत्पत्ती मालिनेन कू (maallinen kuu) से भइल बतावल जाला जेकर मतलब होला, मार्च में, धरती भा जमीन जाड़ा में बरफ से तोपाइल रहे के बाद वापस लउके सुरू हो जाला (हालाँकि, ई उत्पत्ती शब्दशास्त्र आधारित अनुमान बा आ कौनों अन्य परमान नइखे)। यूक्रेनियाई भाषा में एकर नाँव березень/बेरेजेन हवे, जेकर मतलब बर्च के फेड़ होला, एही तरे चेक भाषा में भी ब्रजेन (březen) कहल जाला। सैक्सन भाषा में एकरा के लेंटमोनाट (Lentmonat) कहल जाला जे, मार्च बिसुव के आधार पर आ दिन के लंबाई बढ़े के आधार पर रखल गइल हवे (लेंट के अंग्रेजी के लेंथ भा लंबाई से समानता धियान दिहल जाय)। एगो अउरी नाँव Rhed-monat भा Hreth-monath (देवी Rhedam/Hreth के नाँव पर) हवे, आ एंगल्स लोग एह महीना के Hyld-monath कहे ला।

स्लोवेनियाई भाषा में पारंपरिक नाँव sušec हवे, जेकर मतलब ई होला कि जमीन अब अतना सूख चुकल बा कि खेती खाती ओकरा के जोतल जा सके ला। अन्य नाँव brezen आ breznik भी इस्तेमाल होलें, "बर्च के महीना" के अरथ में। तुर्की भाषा में मार्ट (Mart) मार्स देवता के नाँव पर दिहल गइल हवे।

तिहुआर आ महत्व के दिन

[संपादन करीं]

गैर-ग्रेगोरियन कैलेंडर वाला तिहुआर

[संपादन करीं]

कई गो तिहुआर बाड़ें जे अंग्रेजी कैलेंडर के हिसाब से ना मनावल जालें बाकी अक्सरहा मार्च में पड़ सके लें:

  • शिवरात - हिंदू तिहुआर, फरवरी भा मार्च में, फागुन तेरस
  • होली - हिंदू तिहुआर, फागुन के पुर्नवासी के
  • नवरातर (चइत के) - हिंदू तिहुआर, चइत के अँजोर के पहिला नौ दिन
  • रामनउमी - हिंदू तिहुआर, चइत सुदी नउमी
  • महावीर जयंती - जैन तिहुआर, चइत सुदी तेरस।

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]
  • मार्च, ब्रिटैनिका एन्साइक्लोपीडिया पर (अंग्रेजी में)
  • मार्च, एटिमॉलजी.कॉम पर (अंग्रेजी में)
pFad - Phonifier reborn

Pfad - The Proxy pFad of © 2024 Garber Painting. All rights reserved.

Note: This service is not intended for secure transactions such as banking, social media, email, or purchasing. Use at your own risk. We assume no liability whatsoever for broken pages.


Alternative Proxies:

Alternative Proxy

pFad Proxy

pFad v3 Proxy

pFad v4 Proxy